Site icon Saavan

भोजपुरी देवी गीत – तोहरी दुयरिया मे |

भोजपुरी देवी गीत – तोहरी दुयरिया मे |
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया मे |
निक लागे माई मोर मंदिरिया मे |
अजबे मईया सिंगार,तोहके मानेला संसार |
तनी भरी लेतु हमके नजरिया मे |
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया मे |
केतना सुनाई रोई दुखवा ,कब देबू माई सुखवा|
सभे नाचत बा भक्ति लहरिया मे |
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया मे |
फइलल बा सगरो कोरोनवा,आफत मे पड़ल परनवा |
करफू लागल बा सगरो नगरिया मे |
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया मे |
तोहके छोड़ी कहा हम जाई ,गोदी के ललन बन जाई |
फुलवा चढ़ाई माई भरी अंजुरिया मे |
भगता आइल बा तोहरी दुयरिया मे |

श्याम कुँवर भारती (राजभर)
कवि /लेखक / गीतकार /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब -9955509286

Exit mobile version