भोजपुरी कजरी लोक गीत

भोजपुरी कजरी लोक गीत -दूर कईला सजना |

अँखिया से बहे हमरे लोरवा |
नजरवा से दूर भइला सजना |
रतिया जोहत होला हमरो भोरवा |
नजरवा से दूर भइला सजना|

गोरी बहिया में खनकेला कंगना |
पिया बिना सुन भईले अंगना |
बदरवा घिर अइले असमनवा |
नजरवा से दूर भइला सजना|

कड़ – कड़ कड़के जब बिजुरिया |
देहिया सिहर जाले मोर सेजरिया |
झम – झम बरसेला सवनवा |
नजरवा से दूर भइला सजना|

अमवा के डलिया सखी झुलवा झुलावे |
झूली – झूली झुलवा कजरी सब गावे |
अचरवा उडी जाए केवने ओरवा |
नजरवा से दूर भइला सजना|

श्याम कुँवर भारती (राजभर)
बोकारो झारखंड

Related Articles

Responses

+

New Report

Close