गीत
नौ दिन क कलशा रखले बाडी माई
होके शेरवा पर सवार आई जइतु गऊआ हमार
चमचम चमकेला बिंदिया ए माई
सुनर सुनर पऊआ में लागल बा महावर
हाथवा में सोहेल गंदा चक्र ए माई
महेश इन्द्रशेन करत बा पुजनवा तोहार
दुखवा से ऊबारी कवनो जादू चलाई
कई द हमनो के नईया पार ए माई
नौ दिन क कलशा रखले बाडी माई
होके शेरवा पर सवार आई जइतु गऊआ हमार
बढल जात बांटे बहुत ए पाप ये माई
कई देतु कलयूग के सत्यानाश ए माई
हमनी बांटी तोहरा सरनवा में ये माई
नयन के कटारी लागत बांडू बड़ी दयालू
दिव्य ज्योति कवनो जला दी ये माई
करी कवनो हमनी पर चमत्करवा ये माई
नौ दिन क कलशा रखले बाडी माई
होके शेरवा पर सवार आई जइतु गऊआ हमार
महिमा तोहरा हमनी बखानी का माई
करेलू सबके मनोपूर्ण ये माई
हमनी बानी अनाथ रख दि सरवा पे हाथ
हमनी क बिगड़ी बना दि ए माई
नौ दिन क बांटी भूखल प्यासल ये माई
भगतन क करि जा कल्याण ए माई
महेश गुप्ता जौनपुरी
Wah
Jai maa
जय माता दी
Good
Nice