भोजपुरी गीत = बलमुआ ना अईले |
धक धक धड़के मोर छतिया |
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले |
नींदिया ना आवे सारी रतिया |
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले |
लोगवा कहेला देशवा कोरोनवा आइल बा |
लागल लोकडाउनवा कहा सजनवा भुलाइब बा |
बंद बा मोबाइलवा होवे नाही बतिया |
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले |
चिंता सतावे कैईसे होइहे मोर सजनवा |
सुना पड़ल सेजिया सुना बा अंगनवा |
कहवा से अईले बैरी कोरोना नतिया |
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले |
सजना बिना बेकार सिंगार का करी हम |
जबले ना अइहे इंतजार अब करी हम |
साले बहुत हमके पिया के सुरतिया |
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले |
मिलिहे कोरोनवा उनके अगिया से जारब |
अईहे पिया जब उनके नजर उतारब |
कोरोनवा के आवे हाली मऊतिया |
हे सखी मोर बलमुआ ना अईले |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286
व्हात्सप्प्स -8210525557
भोजभोजपुरी गीत = बलमुआ ना अईले |पुरी देशभक्ति गीत-भारत देशवा हमार |
Comments
9 responses to “भोजभोजपुरी गीत = बलमुआ ना अईले |पुरी देशभक्ति गीत-भारत देशवा हमार |”
-
Nice
-
haardik aabhaar
-
-

वाह
-
haardik aabhaar
-
-
Good
-
दिल से आभार
-
-
🙏🙏
-
हार्दिक आभार अभिषेक जी
-
-
हार्दिक आभार
Leave a Reply
You must be logged in to post a comment.