भोजपुरी प्रेम गीत – तू बुझ लेतु ना |

भोजपुरी प्रेम गीत – तू बुझ लेतु ना |
हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना |
दिलवा के भाव जान समझ लेतु ना |
कईली तोहसे प्यार यार कइसे बताई |
बताई केतना बतिया केतना ना बताई |
गोरी बनिके चम्पा महक लेतू ना |
हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना |
चढ़ल बा मनवा तोहरे प्यार के शरूर बा |
छोडब ना तोहके तोहे पावे के जरूर बा |
प्यार के नसवा तनी बहक लेतु ना |
हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना |
चुनरिया सम्हारा उड़ावेला पवनवा |
नजरिया के बान मुआवेला परनवा |
खिल के फुलवा जान महक लेतु ना |
हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना |
गोर बदनवा जईसे चमके बिजुरिया |
देखि कारी केसिया लजाले बदरिया |
बनी के बदरिया जान बरस लेतु ना |
हमरो मनवा तू बुझ लेतू ना |
श्याम कुँवर भारती (राजभर)
कवि /लेखक /गीतकार /समाजसेवी
बोकारो झारखंड मोब -995550928

Comments

10 responses to “भोजपुरी प्रेम गीत – तू बुझ लेतु ना |”

  1. Pt, vinay shastri ‘vinaychand’

    अतिसुंदर भाव

    1. Shyam Kunvar Bharti

      धन्यवाद्फ पंडित जी

    1. Shyam Kunvar Bharti

      धन्यवाद सुमन जी

  2. सुन्दर रचना

    1. Shyam Kunvar Bharti

      धन्यवाद पांडेय जी

    1. Shyam Kunvar Bharti

      आभार

  3. नीमन गीत बा

    1. Shyam Kunvar Bharti

      दिल से हार्दिक आभार बा राउर प्रज्ञा जी

Leave a Reply

New Report

Close