भोजपुरी गीत- गुलजार गोरिया |

भोजपुरी गीत- गुलजार गोरिया |
कइलु काहे हमसे तू प्यार गोरीया |
दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया |
प्यार वाली बतियातू हमसे काहे कइलू |
दिल मे समाके काहे हमके भूल गइलू |
हमके बनवलु काहे तू दिलदार गोरीया |
दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया |
रूपवा के रोशनी तोहरो हमहु नहईली |
अँचरा के चाँदनी हम सबके भुलइली |
मह मह महके गंध तोहार गोरिया |
दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया |
हँसेलू त लगे जैसे मोती झर जइहे |
केसिया के लहरा मे बिजुरी गिर जइहे |
मुसकाई पागल कइलू दिल हमार गोरिया |
दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया |
पाँव के पयलिया खूब छन छन बाजेले |
गोरे गाल करिया तिल निमन बड़ा लागेला |
चलेलु जईसे हिरनी के चाल गोरिया |
दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया |
बोलिया तोहार मीठ मिसरी बुझाला |
हंसेलु त करेजा जस कटार धँसी जाला |
जिनगी भारती करा तू गुलजार गोरिया |
दगा देके काहे भइलू तू फरार गोरिया |
श्याम कुँवर भारती (राजभर)
कवि /लेखक /गीतकार /समाजसेवी
बोकारो झारखंड मोब -9955509286

Related Articles

Responses

+

New Report

Close