भोजपुरी गीत – होले होले डोले |

भोजपुरी गीत – होले होले डोले |
तन मोरा होले होले डोले |
मन मोरा डरे डरे बोले |
कोरोना केहु जान ना ले ले |
तन मोरा होले होले डोले |
आइल कहा से बैरी कोरोनवा |
घाइल भइल सगरो जमनवा |
डरे केहु दुअरिया ना खोले |
तन मोरा होले होले डोले |
धक धक मोरा जियरा करेला |
लुक छुप सबके कोरोना धरेला |
हाली हाली हथवा तू धो ले |
तन मोरा होले होले डोले |
सोचा कइसे कोरोना भगाई |
रही रही लोगवा सबके डराई |
योद्धा कोरोनवा बजुआ मे तोले |
तन मोरा होले होले डोले |
रहिया केवनों ना लोगवा से सटके |
जहिया जहवा रहिया तू फरके |
धधकी जीयरा उठे मोरा शोले |
तन मोरा होले होले डोले |
मुहवा मसकिया लगईहा जरूर |
घरवा रहे खातिर सिखला सहुर |
बनिहा मती भईया तू भोले भोले |
तन मोरा होले होले डोले |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286
व्हात्सप्प्स -8210525557

Related Articles

Responses

+

New Report

Close