भोजपुरी देवी:- कवन मैया गोर बाड़ी
गीत कवन मैया गोर बाड़ी
हमका पता ना
कवन मैया गोर बाड़ी।
निमिया के डाल पर झूला पर बा
हमार मैया झूललबाड़ी हमका पता बा।
सोने की थाली में भोजना बनावा
हमार मैया जेंवल बाड़ी
हमका पता बा।
सोने के गड़ुवा में जलुवा
भरल बा
हमार मैया पियल बाड़ी
हमका पता बा।
फूला नेवारों की सेजा
बिछ्ल बा
हमार मैया सूतल बाड़ी
हमका पता बा।
कवन मैया गोर बाड़ी हमका पता बा।।
Leave a Reply
You must be logged in to post a comment.