भोजपुरी गजल- कोरोना के कहर जारी बा |
बच के चला कोरोना के कहर जारी बा |
भइल जहा मनमानी अब सबकर बारी बा |
ई कोरोना ह चिन्हे ला ना केहु के भाई |
रहा घर मे लुकाई येही मे समझदारी बा |
लागल लॉक डाउन नियम सबके मानेके |
रही ला कुछ दिन अउर लड़े के तैयारी बा |
जे ना मानी उ जान से जाई केहु का करी |
माना बात भारती देशवा से वफादारी बा|
लड़े जे सीमा योद्धा कहल जाला उनके |
युद्ध हउवे कोरोना साची बात हमारी बा |
संग अपने बाल बच्चन के खियाल करा |
कोरोना बैरी के चाल तलवार दुधारी बा |
कहल जाला आजादी केकरा अब बुझाइल |
भाई परिवार छुटल अकेले रहल दुश्वारी बा |
बांधी के हिम्मत करेजा कठोर करा अब |
घरवे से लड़ा लड़ाई कृपा बाँके बिहारी बा |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286
व्हात्सप्प्स -8210525557
भोजपुरी गजल- कोरोना के कहर जारी बा |
Comments
4 responses to “भोजपुरी गजल- कोरोना के कहर जारी बा |”
-

Good
-
Nice
-

Nyc
-
👍👍
Leave a Reply
You must be logged in to post a comment.