भोजपुरी देवी गीत – होखत दरशनवा |

भोजपुरी देवी गीत – होखत दरशनवा |
मह मह महकत बा भवनवा |
कालिका जी के होखत दरशनवा|
सोनवा से साजल माई दरबार बा |
तोहरे खातिर छोड़ली घरबार बा |
बलका रोई बरसत बा नयनवा |
कालिका जी के होखत दरशनवा|
मह मह महके गरवा लाल अड़हुलवा |
चम चम चमके हथवा माई त्रिशूलवा |
जय जय जैकार गुंजत बा गगनवा |
कालिका जी के होखत दरशनवा|
लह लह लहके माइके चुनरिया |
चह चह चहके मेहँदी अंजोरिया |
झूमी भगता नाचत बा मगनवा |
कालिका जी के होखत दरशनवा|
माई के चरनिया सिर मथवा लगाई|
गाई गीतिया भारती मईया मनाई |
नाची नाची लोगवा गावत बा भजनवा |
कालिका जी के होखत दरशनवा |

श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286

Comments

8 responses to “भोजपुरी देवी गीत – होखत दरशनवा |”

  1. Pt, vinay shastri ‘vinaychand’

    Nice

    1. Shyam Kunvar Bharti

      haardik aabhaar

    1. Shyam Kunvar Bharti

      haardik aabhaar

  2. Shyam Kunvar Bharti

    haardik abhaar

Leave a Reply

New Report

Close