भोजपुरी होली 13 -करे ले ठिठोली रे कान्हा |

भोजपुरी होली 13 -करे ले ठिठोली रे कान्हा |
करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के |
रंगवा नहवावे रे सखिया गगरिया मे भरी के |
बड़ा रे ई बाउर लागे जमुना के पनिया हो |
मीठी फुसलाई कहे आवा राधा रनीया हो |
मारी पिचकारी ये सखिया अँचरा के धरी के |
करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के |
केतनों लुकाई रे बनवा खोजी हमे ले ले हो |
झटके से आई कान्हा अंकवारी भरी ले ले हो |
डूबी मरी जाई रे सखिया जमुना मे डूबी के |
करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के |
काहे लगवला कान्हा राधा संग पिरितीया हो |
रुकमनी के धई हथवा कईला काहे घतीया हो |
उठाई लेता हमके बिधना जईती हम मरी के |
करेले ठीठोली रे कान्हा कदमिया पर चढ़ी के |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286

Related Articles

भोजपुरी पारंपरिक होली गीत – ये किसन कन्हईया |

भोजपुरी पारंपरिक होली गीत – ये किसन कन्हईया | होली मे करेला काहे बलजोरिया ये किसन कन्हईया | चुनरिया रंग देला मारी पिचकरिया ये किसन…

Responses

+

New Report

Close