भोजपूरी गीत – लुका जाला केहु |

भोजपूरी गीत – लुका जाला केहु |
कोरोना से जेतना जब डरा जाला केहु |
बच जाला जब घरवा लुका जाला केहु |
एकरा ज़ोर देखवला मे भलाई नईखे |
जान आपन बचवला जग हँसाई नईखे|
निकलल जे बाहर कोरोना धरा जाला केहु|
सर्दी खांसी बुखार एकर निसानी हउवे|
चीन से चलल बीमारी एकर कहानी हउवे |
मानीना लॉकडाउन कबहु मरा जाला केहु |
मचल दुनिया हाहाकार कोरोना देख ला |
जेतना होखे कूड़ा कर्कट अब तू फेंक ला |
होशियार देख कोरोना परा जाला केहु |
सटा जनी सबसे दुरही रहा समझल करा |
निकला जब बहरिया मास्क लगावल करा |
तोड़े जे नियम पुलिस पिटा जाला केहु |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286
व्हात्सप्प्स -8210525557

Related Articles

कोरोनवायरस -२०१९” -२

कोरोनवायरस -२०१९” -२ —————————- कोरोनावायरस एक संक्रामक बीमारी है| इसके इलाज की खोज में अभी संपूर्ण देश के वैज्ञानिक खोज में लगे हैं | बीमारी…

Responses

+

New Report

Close