भोजपुरी देबी गीत 5 – चुनी रे चुनी ना |
भगता के भाव बुझिला मनवा सोची रे सोची ना |
मईया मनावे भगता गावेले पचरा नाची रे नाची ना |
सोनवा के रथवा साजल लाल अड़हुलवा |
हाँकी दिहली ना चले लागल शेरवा झूमी रे झूमी ना |
ऊंचे रे पहड़वा लागल मइया के आसनवा |
करे शेरवा गरजनवा घुमी रे घुमी ना |
सोने के कलशवा साजल पुजल सारा जमनवा |
झूमी रे झूमी ना करे लोगवा माई दरशनवा|
घुमी रे घुमी ना |
निमिया के डार मईया लागल हरियर पतइया |
झूमी रे झूमी ना
करे मईया के वनदनवा झूमी रे झूमी ना |
केवन फुलवा लोभइलू माई केवन फुलवा ना |
चूमी रे चूमी ना
चढ़े माई के चरनिया चूमी रे चूमी ना |
लाल अड़हुलवा भावे मईया के बेला फुलवा ना |
चूमी रे चूमी ना
चढ़े मईया के चरनिया चूमी रे चूमी ना |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286
भोजपुरी देबी गीत 5 – चुनी रे चुनी ना |
Comments
10 responses to “भोजपुरी देबी गीत 5 – चुनी रे चुनी ना |”
-
Nice
-
Thank you
-
-

Good
-
प्रज्ञा जी आभार
-
-

Nyc
-
Thanks धुव्र जी
-
-
👏👏
-
जय माई की अभिषेक जी
-
-
वाह वाह
-
पांडेय जी हार्दिक आभार आपका
-
Leave a Reply
You must be logged in to post a comment.