भोजपुरी देबी गीत 4 – डरावेला कोरोनवा |

भोजपुरी देबी गीत 4 – डरावेला कोरोनवा |
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
भगावा मारी त्रिशूलवा इहे माई विनती हमार हो |
चिनवा से आइल माई वाइरस कोरोनवा |
नमवा से काँपे सबकर थरथर परनवा |
करा किरीपा फिर से आवे देशवा मे बहार हो |
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
मोदी जी देशवा लोकडाउन लगा दिहले |
निकलेना केहु घर से सबके सुना दिहले |
अँखिया तीसरी खोली कोरनवा करा संघार हो|
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
आईल चैत्र नवरतनवा रखी कईसे कलशवा |
पड़ल संकट मे परान हमरो सगरो देशवा |
दूर होइहे दुखवा सबकर तोहरो महिमा अपरंपार हो |
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286

Comments

13 responses to “भोजपुरी देबी गीत 4 – डरावेला कोरोनवा |”

    1. Shyam Kunvar Bharti

      Thank you

    1. Shyam Kunvar Bharti

      आभार कंचन जी

    1. Shyam Kunvar Bharti

      प्रज्ञा जी आभार

  1. Priya Choudhary

    Nice

    1. Shyam Kunvar Bharti

      प्रिया जी आभार

  2. Abhishek kumar

    Good

    1. Shyam Kunvar Bharti

      Thank you

  3. Satish Pandey

    वाह वाह

    1. Shyam Kunvar Bharti

      हार्दिक आभार आपका पांडेय जी

  4. Shyam Kunvar Bharti

    Thanks

Leave a Reply

New Report

Close