भोजपुरी देबी गीत 4 – डरावेला कोरोनवा |

भोजपुरी देबी गीत 4 – डरावेला कोरोनवा |
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
भगावा मारी त्रिशूलवा इहे माई विनती हमार हो |
चिनवा से आइल माई वाइरस कोरोनवा |
नमवा से काँपे सबकर थरथर परनवा |
करा किरीपा फिर से आवे देशवा मे बहार हो |
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
मोदी जी देशवा लोकडाउन लगा दिहले |
निकलेना केहु घर से सबके सुना दिहले |
अँखिया तीसरी खोली कोरनवा करा संघार हो|
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
आईल चैत्र नवरतनवा रखी कईसे कलशवा |
पड़ल संकट मे परान हमरो सगरो देशवा |
दूर होइहे दुखवा सबकर तोहरो महिमा अपरंपार हो |
डरावेला कोरोनवा डोले सारा जग संसार हो |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286

Related Articles

Responses

+

New Report

Close