भोजपुरी होली 8–सड़िया ले अइह |

भोजपुरी होली 8–सड़िया ले अइह |
सड़िया ले अइह लाल लाल |
ये सइया आ गईले फगुनवा |
होलिया मे रंगब तोहरो गाल |
ये सइया आ गईले फगुनवा |
सड़िया के संगवा लाल चुनार ले अइह|
औरी ले अइह चूड़िया लाल लाल |
ये सइया आ गईले फगुनवा |
गुलाल ले अइहा सईया अबीरवो ले अइह |
रंगवा ले अइह लाल लाल |
ये सइया आ गईले फगुनवा |
कंगना ले अइह सईया कनबलिया ले अइह |
टिकुली ले अइह लाल लाल |
ये सइया आ गईले फगुनवा |
सड़िया ले अइह लाल लाल |
ये सइया आ गईले फगुनवा |

श्याम कुँवर भारती [राजभर] कवि ,लेखक ,गीतकार ,समाजसेवी ,

मोब /वाहत्सप्प्स -9955509286

Related Articles

Responses

+

New Report

Close