भोजपुरी होली 10- अपना सजनवा रे |

भोजपुरी होली 10- अपना सजनवा रे |
उनके चढ़ल बाड़े मस्त फगुनवा रे |
गोरी रंग देली अपना सजनवा रे |
फागुन मे गोरिया के चढ़ल बाड़े मस्ती |
मिलतू तू बहिया मे भरती |
होलिया मे बहकल जोबनवा रे |
गोरी रंग देली अपना सजनवा रे |
चढ़ते फगुनवा उनकर गदरल जवनिया |
फगुनी बयार उनकर फरकल बदनिया |
खेले होली संग पियवा अंगनवा रे |
गोरी रंग देली अपना सजनवा रे |
नेहिया लगाके काहे कइलू दगाबाजी |
होलिया मे सईया संगे करेलु कलाबाजी |
देखि देखि भारती छछने परनवा रे |
गोरी रंग देली अपना सजनवा रे |
उनके चढ़ल बाड़े मस्त फगुनवा रे |
गोरी रंग देली अपना सजनवा रे |

श्याम कुँवर भारती [राजभर] कवि ,लेखक ,गीतकार ,समाजसेवी ,

मोब /वाहत्सप्प्स -9955509286

Related Articles

Responses

+

New Report

Close