भोजपुरी देवी गीत- माई के दीवाना |

भोजपुरी देवी गीत- माई के दीवाना |
मन मगन हो गइल माई के दीवाना |
गावे भजन पूजे माई के जमाना |
बिना माई केहु कल्याण ना होला |
बीना किरीपा केहु महान ना होला |
लुटावेली माई आपन प्यार के खजाना |
मन मगन हो गइल माई के दीवाना |
बिधाता के लिखल केहु कइसे मिटाई |
माई किरीपा सब दुख दूर हो जाई |
अइली माई भइल मौसम सुहाना |
मन मगन हो गइल माई के दीवाना |
ऋषि मुनि देव सब केहु पूजेला |
जोरी जोरी हथवा चरण मे झुकेला |
करा दरसनवा करा ना बहाना |
मन मगन हो गइल माई के दीवाना |
जग जननी जगदंबा काली कहाली |
नामवा बहुत बाकी सबसे पुजाली |
रूपवा निहारी भारती भाईले मस्ताना |
मन मगन हो गइल माई के दीवाना |
श्याम कुँवर भारती (राजभर )
कवि/लेखक /समाजसेवी
बोकारो झारखंड ,मोब 9955509286

Related Articles

Responses

+

New Report

Close